वीरगंज,२८बैशाख । सेवाग्राही से घुस लेरहल समय रंगेहाथ पकडाइल बाराके जितपुर सिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ के वार्ड अध्यक्ष तारा बहादुर कार्की भ्रस्टाचार मुद्दामे दोषी ठहर भइल बाड्न ।
२०८० साल पुष २ गते अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोगके टोली जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका –३ के वार्ड अध्यक्ष कार्कीके सेवाग्राहीसे पाँच लाख रोपेया घुस लेरहल समय पकडले रहे ।
उनका विरुद्ध विशेष अदालत मे अख्तियार २०८० साल माघ १० गते अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुद्दा दर्ता कइले रहे ।
वार्ड अध्यक्ष कार्की के विशेष अदालत दोषि ठहर कइले बा ।
विशेष अदालत के न्यायाधीश टेक नारायण कुवर आ तेज नारायण सिंह राइ के इजलास से बियफे के दिन वार्ड अध्यक्ष कार्की के दोषि ठहर कइले बा ।
२०७९ साल के स्थानीय तह के निर्वाचन मे कार्की नेकपा एमाले से वार्ड अध्यक्ष मे जितल रहल्न।



