वीरगंज, वैशाख २८ गते । मधेश प्रदेशमे पछिला १० महिनामे आगलागीसे १९ जने मरलबा लोग । चालू आर्थिक वर्ष २०८०÷ ८१ के साउन से अभिनले १२ जनानी सहित १९ जने मरल मधेश प्रदेश प्रहरी ९पुलीस० कार्यालय जनकपुरधाम जनाकारी देहले बा ।
साथै आगलागी मे परल १५ जना लैका लैकी सहित एक सौ ३९ जनाके अंगभगं भैल बा । उहे आगलागी से सबसे बेसी धनुषा मे छव गोडा, सिरहामे पाँच गोडा, रौतहटमे तीन गोडा, बारामे दु गोडा, पर्सा, महोत्तरी आ सर्लाहीमे एक÷एक गोडाके मृत्य भइल बा ।
यैसही आगलागीसे दुसौ ९६ गो मालजाल ९पशुचौपाया० जरके मरल बा । एकसौ १४ गो मालजाल ९पशुचौपाया० अंगभगं ९घाइते० भइल मधेश प्रदेश प्रहरी ९पुलीस० कार्यालयके प्रवक्ता एवम् प्रहरी उपरीक्षक सुवाचन्द्र बोहोरा जानकारी दिहले बानी ।
कार्यालयके अनुसार आगलागी से मधेश प्रदेश के आठ गो जिल्लामे एक हजार १० घरगोठ जरके नष्ट भइल बा आ एक हजार दुसौ ६६ गो आगलागीके घटना भइल बा ।
आगलागी से जरके एक हजार १० घरगोठ अन्तर्गत कच्चा घर छव सय ६९, पक्का घर ८८ औरी गोठ दुई सय ५३ रहल बा । प्राप्त विवरणमे सबसे ज्यादा आगलागीके घटना सिरहामे दुसव २९ गो भइल बा आउरी सबसे कम सर्लाहीमे एक सय ११ गो घटना भइल बा । महोत्तरीमे एक सौ ९२ गो, बारामे एक सय २९, रौतहटमे ८८ गो, पर्सामे ७५ गो आ धनुषामे २५, सप्तरीमे एक सय ९४ घरगोठ जरके नष्ट भइल बताइले बा लोग ।
प्रदेश प्रहरी ९पुलीस० कार्यालयके अनुसार आगलागीमे ९९ करोड ६० लाख ३७ हजार मूल्य बराबरके धनमाल जरके नष्ट भइल विवरणमे उल्लेख भइल बा ।
प्रवक्ता बोहोराके अनुसार ९चर्को० कडा घाम, गर्मी, गरम हावा, पानीके कमी, घनाबस्ती आ चेतनाके कमी अउरी लापरबाहीके कारण से आगालागीके घटना भइल कहत आगलागी से सुरक्षित आ सर्तक रहेके सब केहुसे निहोरा कैले बानी । आगलागी पीडितके राहतके सहयोग सरकारी आ गैरसरकारी पक्ष से होरहल जानकारी करैलन ।
© 2024



