वीरगंज,२८ बैशाख । वीरगंज महानगरपालिका के पूर्व मेयर विजय सरावगी नेकपा एमाले से राजिनामा देहले बाड्न । सरावगी पिछिलका बुध के दिने एमाले के साधरण सदस्य समेत ना रहेवाला किसिम से एमाले के केन्द्रीय अध्यक्ष केपी शर्मा ओेली के राजिनामा पत्र पठईला पर भी उ राजिनामा पत्र शुक के दिन सामाजिक सञ्जाल मे सार्वजनिक कइले बाडन ।
नेकपा एमाले के केन्द्रिय परिषद सल्लाहकार सदस्य रहल सरावगी एमाले पार्टी मे हमरा के कउनो भूमिका ना देहल, निस्कृय बनाके राखल कहत एमाले से राजिनामा देहल जनवले बाडन । एकरा बाद हम कउनो भी दल मे ना लागेके आ स्वतन्त्र रुप मे समाजसेवा करेके बतवले बाडन ।
उ कउनो दलमे नालागेके बतईला पर भी पूर्व मेयर सरावगी के उपेन्द्र यादव नेतृत्व के जसपा नेपाल मे फेनु फिर्ता जाएके चर्चा बढल बा ।
एकरा से पहिले बितल बुध के दिने हि हम एमाले छोडेके मनशाय बनवले रहनी कहके सरावगी के कहनाम रहल बा ।
२०७४ के निर्वाचन मे तत्कालीन संघीय समाजवादी फोरम अभी के जसपा से वीरगंज महानगर के मेयर मे जितल सरावगी बितल स्थानीय तह निर्वाचन से पहिले २०७८ साल फागुन २८ गते जसपा छोडके एमाले मे गईल रहलन । बितल निर्वाचन मे सरावगी एमाले से वीरगंज महानगर के मेयर मे चुनाव लडके हारल रहलन । ओकरा बाद उनका के एमाले २०७९ साल असाढ २७ गते एमाले के केन्द्रिय सल्लाहकार परिषद के सदस्य मे मनोनित कईले रहे ।



