काठमान्डु,२८बैशाख । हाप्ता के अन्तिम दिन शुक के नेपाली बजार मे सोनाके भाव बढल बा ।
काल्हु बियफे के दिन प्रतितोला आठ सय रोपया घटल सोना के दाम आजु प्रतितोला दु हजार तीन सय रोपया से बढल बा ।
नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ के मोताविक आजु छापावाल सोना प्रतितोला १ लाख ३७ हजार ९ सय रोपया आ तेजाबी सोना प्रतितोला १ लाख ३७ हजार २ सय ५० रोपया मे कारोबार होरहल बा ।
बियफे के छापावाल सोना प्रतितोला १ लाख ३५ हजार ६ सय रोपया आ तेजाबी सोना प्रतितोला १ लाख ३४ हजार ९ सय ५० रोपया मे कारोबार भईल रहे ।
अइसही आजु चाँनी के भाव भी बढल बा । काल्हु प्रतितोला १ हजार ६ सय ८५ रोपया मे कारोबार भइल चाँनी आजु प्रतितोला १ हजार ७ सय ३५ रोपया मे किनबेच होरहल बा ।
ई भाव पिछिल्का दिन के वरावरी मे प्रतितोला ५० रोपया बेसी बा ।



